|
दामोदर राव की फिल्म इन्स्पेक्टर
चांदनी की शूटिंग शुरू भईल
|
|
|
 |
|
|
ओम सिरीज मूवी के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम
’इन्स्पेक्टर चांदनी’ के नायिका ला अभिनेत्री रानी चटर्जी
के अनुबंधित कइल गइल बा. निर्माता हउवें अरुण कुमार शाह व
ओम कुमार जे ’जय गढी माई’ बना चुकल बाड़ें. इन्स्पेक्टर
चांदनी के शूटिंग 5 मार्च में कइल जाई. एहमें कुल 8 गो नीक
गाना बाड़ी. रानी चटर्जी बतावत बाड़ी कि इन्स्पेक्टर चांदनी
महिला प्रधान फिलिम ह जवना के कहानी उनका मन के छू लिहलसि.
फिल्म इन्स्पेक्टर चांदनी के निर्देशक रतन शाह, लेखक अनिल
विश्वकर्मा, गीतकार सचिदानंद कवच, मुन्ना दूबे, राजेश
मिश्रा, पिंटू गिरी आ विनोद व्यास, संगीतकार दामोदर राव,
छायाकंन करेवाला नंदू चौधरी, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी अउर
फाइट मास्टर रियाज सुलतान हउवें, मुख्य कलाकारन में रानी
चटर्जी, आजाद कुमार, अर्पिता माली, दीपक भाटिया, सपना, सी
पी भट्ट, सीमा सिंह, ददन महतो, कृष्णा अउर जय सिंह व
दामोदर राव के नाम बा. फिल्म के संगीतकार दामोदर राव का
कहना है के फिल्म के गीत काफी अच्छे बन पड़े है गायक कलाकार
है उदित नारायण, मोहम्मद अज़ीज़, पामेला जैन, कल्पना, इन्दू
सोनाली, सुमित बाबा, खुशबु जैन, दामोदर राव आदि
|
|
|
|
|
|
|
|
|
|